कवनी नगरीया मोरा सईया जी के डेरा सखी हो -2
कइसे जईबे ना अनजानी रे डगरिया राम -2
अबले त रहनी हमहु बारी रे अनारी राम-2 अबले त रहनी -3
सखी हो भारी भइली ना हमरी -2
चढली उमिरीया राम -3
कवनी नगरिया मोरा सइया जी के डेरा......
कलना पडेला निसदीन कसकेला जियरा राम-2 कलना पडेला -3...
बिरही नैना ना बरसे सखी हो -2
आठो रे पहरीया राम बिरही नैना ना बरसे
कवनी नगरिया मोरा.........
जईसे बडेला तिन तिन दुईजी के चंदा -2 जईस बडेला -3
सखी हो ओईसे बढे ना हमरा -2
बिरह के घडीया राम-2
कवनी नगरीया........
Lyrics Submitted by RANJIT SHAH
Lyrics provided by https://damnlyrics.com/