damnlyrics.com

Chandra Badaniya

चमकेला चंद्र बदनिया लागेलू माई दुल्हनिया |

लिलरा पे बिंदिया सोहेला-कि लिलरा पे बिंदिया सोहेला |

ए माई हो-2 कईलू गजब श्रृंगार रुपवा मनवा मोहेला |

ए माई हो कईलू गजब श्रृंगार रुपवा मनवा मोहेला |

(1)

चामकेला कान में कुंडल चमकेला चम् चम् टीका-टीका-टीका |

चमके तोहरे माथे मुकुटवा सूरज भी लागेला फीका-फीका-फीका |

लागेला अइसन झुलनिया बरखा में नाचे मोरिनिया |

माई के दर्शन पावेला..

ए माई हो-2 कईलू गजब श्रृंगार रुपवा मनवा मोहेला |

(2)

साड़ी के अचरा में मैया चढ़ल बा हीरा मोती-मोती-मोती |

तीनो लोक और दसों दिशा में फैलेला एखर ज्योति-ज्योति-ज्योति |

फुलवेली चमेली महके बगिया में कोयल चहके |

पवन पुरवइया बाहेला...

ए माई हो-2 कईलू गजब श्रृंगार रुपवा मनवा मोहेला |

(3)

दशों हाथ में अस्त्र-शास्त्र बा खनके हो खन-खन कंगना-कंगना-कंगना |

चेहरा पर मुस्कान गजब के बांटे हो कोमल नैना-नैना-नैना |

बाजे रुनझुन पैजनिया नाचे भोजपुरी नचनिया |

पवनवा गीतिया गावेला...

ए माई हो-2 कईलू गजब सिंगार रुपवा मनवा मोहेला |

Lyrics Submitted by Sushil Kumar Vishwakarma Rewa Madhyapradesh

Enjoy the lyrics !!!